मंगलवार, 1 मार्च 2016

बुथे प जईह ना ये भईया ये भईया बुथे प जइह ना

बुथे प जईह ना ये भईया  ये भईया बुथे प जइह ना 
मोहर ओहिजे तू हु लगइह  ये भईया बुथे  प  जइह ना 

एकहि बा इक्षा जन  परीक्षा ल तू शिक्षा से 
वोट देवे चल भईया तू अपना इक्षा से 
ईहे उम्मीद बाटे ना ये भईया ईहे उम्मीद बाटे ना 
आपन क़िस्मत खुदे बनइह ये भईया  जइह ना 

अर्जी बा ईहे अपना मर्जी से काम ल 
आई बदलाव जदी दिल से तू ठान ल 
बुथे प जईह ना ये भईया  ये भईया बुथे प जइह ना 
मोहर ओहिजे तू हु लगइह  ये भईया बुथे  प  जइह ना 


जहिया ये गउवां में आई बदलाव जी 
रउरो प पड़ी एकर पूरा प्रभाव जी 
बुथे प जईह ना ये भईया  ये भईया बुथे प जइह ना 
मोहर ओहिजे तू हु लगइह  ये भईया बुथे  प  जइह ना 

भईया के अपना मुखिया बनावल बा हमनी के जिम्मेदारी हो

चल चल  चल -चल , जनि बइठि हाथ मल 
अब आईल चुनाव के बारी हो 
भईया के अपना मुखिया बनावल 
बा हमनी के जिम्मेदारी हो 


लोकतंत्र में यह अवसर के जाये दिह मत खाली हो 
अइसन जुझारू नेता के पाके गउवाँ में आई खुशहाली हो 
ई विचार बाटे आज के - होखे प्रगति समाज के 
एतने  तू कर तईयारी हो 
भईया के अपना मुखिया बनावल 
बा हमनी के जिम्मेदारी हो 

गउवां  के होखे हर हाल में प्रगति ईहे बा इनकर नारा हो 
होखे सुशाशन प्रसासन वेवस्था एकता के बहे धारा हो 
होखे गउंवा के नाम हो - ईहे इनकर  कहनाम हो 
वोट इनके के दिह भारी हो 

शिक्षा के आधुनिकी करण होखे

शिक्षा के आधुनिकी करण होखे 
गउवां के होखे बड़ा नाम 
भईया के ईहे कहनाम 


होखे पँचायत  प सबके अधिकार हो 
व्यक्ति व्यक्ति खुदे बनो आपन सरकार हो 
देश के अखंडता बनल रही एही में 
करी सभी मिली जुली काम 
भईया के ईहे कहनाम 


गउवें  के देशवा ह भारत महान हो 
एकर से बाटे सब जन - जन  के शान हो 
आपन गउवां  हटे  आपन मंदिर 
लोगवे ह एकर भगवान 
भईया के ईहे कहनाम 

साथ दिहीं साथे से बनी सब काम हो

साथ दिहीं  साथे से बनी सब काम हो 
जीती जइहें पियऊ त होई रउरे नाम हो 
काम होई हाली-हाली , होई गउवां में खुशहाली 
ख़ुश होई गाँव नगर गलिया हो 
अबकी चुनउवा में पिया जीती जइहें जी 
मनी हर घर में दिवलीया हो !
........... 

सखिया सहेलिया से ईहे बा निवेदन 
डाले चल बूथवा प वोटवा 
होई खुशहाली जदी सुखी रही सभे 
रही नाहीं  मनवा में खोटवा 
होई ना सऊदाबादी ,रही घर घर में आजादी 
दिने -दिने मनी  हर दिन होलिया हो 
 २ 

बदली आपन  नजरिया ये भाई जी 
बदली तबे  ई समाज  हो 
बढ़ी रोजगार अपना गउवां  में ज्यादा 
गउवें  के लोग करी राज हो 
होई मुक्ति दुशासन से - आई माजा एह  सासन  से
शोर मची गांव घर गलिया में