मंगलवार, 15 सितंबर 2015

तीन गो भोजपुरी मुक्तक -डॉ. मुकेश पाण्डेय

ज़बान से बोली भा नज़र से बोली 
हमार वज़ूद हमरा हुनर से बोली 
कलम कलम ह कलम के ज़बान ना होला 
कलम के दरद तहरा ख़बर से बोली 


चलत रहल बहुत ज़रुरी बा 
दिल के कहल बहुत ज़रूरी बा 
देख सागर बन जाई आँसू 
एकर बहल बहुत ज़रूरी बा 


शहर आँख में समेटता 
स्वार्थ के परत लपेटता 
छोड़ बूढ़ माँ-बाप के कोठरी में 
मेहरारू संघे बेटा लेटता 

तब काहे उदास बाड़ [भोजपुरी ग़ज़ल ] - डॉ. मुकेश पाण्डेय

तू हमरा आस-पास  बाड़ 
तब   काहे    उदास   बाड़ 

बात करेल मरे जिए के 
तू   बिखरल एगो आस बाड़ 

हमहुँ डूबल बानी आसमान में 
तू  काहे    निराश बाड़ 

हम हईं टूटल पैमाना 
तू ख़ाली  गिलास बाड़  

हम दुःख से बानी सजल 
रंज के तू लिबास बाड़ 

अपना फ़ितरत के हम मारल 
अपना आदत के तू दास बाड़ 

उनकर ईयाद बिसरत नईखे [भोजपुरी ग़ज़ल ] - डॉ. मुकेश पाण्डेय

उनकर ईयाद बिसरत नईखे 
ज़ख्म ठीक से भरत   नईखे 

कई बरिस के साथ छूट गईल 
उमड़ल दरिया बन्हत  नईखे 

हमके   उदास  रहे  द   अभी 
हवा एह्सास के बहत नईखे 

जे हमार दुनिया  उजड़लस   
उहो   कहीं   बसत    नईखे 

तू चाह  त   लवट   सकेल
तोहके केहु रोकत  नईखे 

शब्द के अर्थ से परे जाईं 
 ई हमरा से होखत नईखे  

बात हम सीधा-साधा कहिले 
लोग के पाले पड़त नईखे 


सोमवार, 14 सितंबर 2015

सारा सिस्टम जगह से घसक गईल रे [भोजपुरी गीत ] डॉ. मुकेश पाण्डेय

पहिला राते से पियवा चसक गईल रे 
सारा सिस्टम जगह से घसक गईल रे 

देंह झनझनाता कपार टनटनाता बढ़ल बा एतना प्रेसर 
रहिया चले में शरीर हिले अइसे जइसे हिलेला थरेशर 
हमरा चोली के सियन मसक गईल रे 


घर में घुस गईल गोड़वा दबाके धइलस त बाड़ा चिहुंकनी 
खेल गईल खेला उ पाके अकेला दईया रे बहुत कुहुकनी 
ऊ त मारी के माजा खसक गईल रे 

जान सांचो तू हमरा के भुला जईब का [ भोजपुरी गीत ] डॉ. मुकेश पाण्डेय

जान सांचो तू  हमरा के भुला जईब का 
दुःख हमके तू देके सुख पा जईब का 

जेठ के दुपहरी नियन डाहेला जुदाई 
लागता जुदाई तहार हमके मुवाई 
हमरा जिनगी में माहुर मिला जईब  का 


निंदिया हराम कईल पागल बनाके 
सुख नाही पईब राजा हमके रोवाके 
नाम तू बेवफ़ा में लिखवा जईब का 

उठता लहर लहंगवा में - [भोजपुरी गीत ] डॉ. मुकेश पाण्डेय

फीमेल -कसमस करता हमरो जोबनवा 
            कोरा में लेके सूत तू संघवा में 
           आवे जम्हाई कमरिया पिराता 
            उठता लहर लहंगवा में 

मेल - छोडब जो ढिल्ली देखे लगबु दिल्ली 
          माजा बरोबर दुनो जन के मिली 
         सेजिया प तोहके संघवे सुताईब 
        डूब  जाई देहिया पसिनवा में 
         पाँचे मिनट में जुड़ा जइबू गोरिया 
       उठी ना लहर लहंगवा में 

       चेचिस कसल बाटे बाड़ू मारुती 
      रफ़्तार धईला प फेंक देबू लुत्ती 
       मरद बिहारी ना तोहरा से हारी 
      पावर भरल मरदनवा में 
        पाँचे मिनट में जुड़ा जइबू गोरिया 
       उठी ना लहर लहंगवा में 
           

पढ़े वालन ख़ातिर लभ के पढ़ाई हउ [ भोजपुरी मुक्तक ] डॉ. मुकेश पाण्डेय

पढ़े वालन ख़ातिर लभ के पढ़ाई हउ 
पोखरा में बिछलाए वाला काई हउ 
लईकन के चूसनी जवनकन के मिसनी 
तू त बुढ़वन के आँख के दवाई हउ