उनकर ईयाद बिसरत नईखे
ज़ख्म ठीक से भरत नईखे
कई बरिस के साथ छूट गईल
उमड़ल दरिया बन्हत नईखे
हमके उदास रहे द अभी
हवा एह्सास के बहत नईखे
जे हमार दुनिया उजड़लस
उहो कहीं बसत नईखे
तू चाह त लवट सकेल
तोहके केहु रोकत नईखे
शब्द के अर्थ से परे जाईं
ई हमरा से होखत नईखे
बात हम सीधा-साधा कहिले
लोग के पाले पड़त नईखे
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें