शनिवार, 26 दिसंबर 2015

आव लगादी करुआ तेल - डॉ मुकेश पाण्डेय

ढेर पियब जो गांजा दिमाग होई फेल 
आव लगादी करुआ तेल 
ना त सईया ड्राईबर हो जाई झमेल 
आव लगादी करुआ तेल 


लागल बा जाम आजु हउवे सोमारी हो 
भीड़ काँवरियाँ के भईल बा भारी हो 
गाडी केहु में ठेकी त हो जाई जेल 
आव लगादी करुआ तेल 


हो गईल आगे सब पीछे के गाड़ी हो 
तू अभी चढ़ल ना सुइयों पहाड़ी हो 
भईल बाटे कवरियन के ठेलम ठेल 
आव लगादी करुआ तेल 

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें