शनिवार, 26 दिसंबर 2015

ये बम भोला बाबा - गीत : डॉ मुकेश पाण्डेय

पंवुआ में फोड़ा परल कन्हवा पर छाला ये बम भोला बाबा 
अब नाहीं तनिको खडा भईल जाला ये बम भोला बाबा 


भूखल पियासल बानी थाकल बा देहियां 
कम नाही बाटे तबो जिया में सनेहिया 
दर्शन के प्यासी अंखिया लोर से लोराला ये बम भोला बाबा 

सच पर चलाईं हमके रउरे सहारा 
जिनगी से ज्यादे राउर भक्ति बा प्यारा 
भक्ति के लाज राखीं रउरे सहारा ये बम भोला बाबा 

रउरे से बाँचल बा धर्मी के धर्मा 
आईल बाड़ी रउरी  दुआरी पूनम वर्मा 
पाण्डेय मुकेश के खोली किस्मत के ताला ये बम भोला बाबा 


स्वर : पूनम वर्मा 
संगीत : तरुण तूफानी 
गीत : डॉ मुकेश पाण्डेय 


कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें