शुक्रवार, 11 सितंबर 2015

زبان سے بولیگا یا فر نظر سے بولیگا - ڈاکٹر مکیش پانڈے

زبان سے بولیگا یا فر نظر سے بولیگا 
میرا وزڈ تو میرے ہنر سے بولیگا 
کلام کلام ہے کلام کی زبان نہیں ہوتی 
کلام کا درد تمہاری خبر سے بولیگا 

गुरुवार, 10 सितंबर 2015

गीत रुसल बा ,ग़ज़ल के गाँव में अँधियार बा - डॉ. मुकेश पाण्डेय

गीत रुसल  बा ,ग़ज़ल के गाँव में अँधियार बा 
तबहूँ हमरा जुझत-लड़त मनुज से प्यार बा 
चाँदनी स्पर्श मादक छुवन बीतल बात बा 
हर कदम पर शेष ख़ाली घात बा प्रतिघात बा 
भावना शुष्क कीकर आ बबूल जईसन भईल 
कामना कलुष जईसन हर तरफ छा गईल 
प्रतिकूल मौसम के चुनौती, पर मोरा स्वीकार बा 
गीत रुसल  बा ,ग़ज़ल के गाँव में अँधियार बा 
संवेदना के अधर पर धईल ना जाला बाँसुरी 
दर्द के शबनम ना भींजावे मन के पाँखुरी 
एहसास के आँख में मोतियाबिंद पसराईल बा 
गहमा-गहमी उलझन में आदमी बहराईल बा 
अंसुवन के बहे तक के अब नाहीं अधिकार बा 
गीत रुसल  बा ,ग़ज़ल के गाँव में अँधियार बा 
प्रगति के एह दौर में शैतान के ही जोर बा 
संतान आदम के बहुत लाचार बा कमजोर बा 
सभ्यता के घर सगरो बन गईल शमसान बा 
कलयुगी षड़यंत्र में  बेबस स्वयं भगवान बा 
जानतानी आजकल सच केह कदर लाचार बा 
गीत रुसल  बा ,ग़ज़ल के गाँव में अँधियार बा 



बुधवार, 9 सितंबर 2015

कवन गुज़री दिही रे,भतार तोहके पईंचा - डॉ. मुकेश पाण्डेय

रुपिया पईसा मंगबु भउजी केहु दे दी पईंचा 
कवन गुज़री दिही रे,भतार तोहके पईंचा 

ई कवन लुफत सिखले रे सतभतरी 
छुईयो के ना लाज ह्या बाटे कवनो गतरी 
कुल इज्ज़त के बुझेले बाड़े गज़रा मुरई ढईंचा 
कवन गुज़री दिही रे,भतार तोहके पईंचा 

कहले त कहले दोसरा से जनि कहिहे 
नाहीं त लात-मुक्का दोसरा से सहीहे 
खईहे ते मुअड़ी के मार हईंचा -हईंचा 
कवन गुज़री दिही रे,भतार तोहके पईंचा 


एही ख़ातिर भेजले भतार का तें बहरा 
पाण्डेय मुकेश " से लगाइब तोहपे पहरा 
लागे नाही देहब अपना मरद संघ गवईंचा
कवन गुज़री दिही रे,भतार तोहके पईंचा 
 


बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में - डॉ. मुकेश पाण्डेय

हाय रे मोरी कमरिया में हाय रे मोरी कमरिया में 
बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में 
अबहीं ले टीसता ई चढ़ली उमरीआ में 
बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में 

लुकाछिपी खेलत रहनी हम त लरिकाईं में 
दोल्हापाती खेलत रहनी आम अमराई में 
झूला हम त झूलत रहनी बांस बँसवरिया में 
बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में 

डुबकी लगावत रहनी लईकन के छकावत रहनी 
केहु के ना हाथ में अइनी लोला हम देखावत रहनी 
गाछी प से कूदत रहनी बाबा के पोखरिया में 
बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में 

अचके में अईले एकदिन गवना के डोली 
चंचल चिरईया के बंद भईल बोली 
कईसे बताईं अपना मुकेश"सँवरिया से 
बाटे दरदिया बालपन से ,हाय रे मोरी कमरिया में 

मातु, तहरा चरण में हम भेंट तुच्छ-सा लईंनी हो - डॉ. मुकेश पाण्डेय

जवन सबकर पीड़ा कह पावे 
हर मन के वीणा बन पावे 
अईसन कवनो गीत हम अबले लिखे नाही पवनी हो 
मातु, तहरा चरण में हम भेंट तुच्छ-सा लईंनी हो 
सिर्फ कईनी कागद कारे 
बिन मतलब के शब्द उचारे 
एह शब्दन में भाव नईखे छंद नईखे 
एइमे घाहिल मानवता के द्वन्द नईखे 
बस तिक्त - रिक्त ही आख़र लिख पईनी हो 
मातु, तहरा चरण में हम भेंट तुच्छ-सा लईंनी हो 
तोहरा दुआरी कोटि-कोटि साधक अईलें 
आपन आपन भेंट सुर नानक लइलें 
मीरा अस कबीरा जस तहरे साधक बा 
ढ़ाई आखर में सब कहे के बाधक बा 
सोच सोच के हम बेहद घबरइनि हो 
मातु, तहरा चरण में हम भेंट तुच्छ-सा लईंनी हो 
माना हमरा वाणी में उ शक्ति नईखे 
हमरा शब्दन में तनिको भक्ति नईखे 
अउर भाग्य भी हमरो किंचित नईखे बड़ा 
पंगु गहन गिरिवर पर अब तक नाही चढ़ा 
पर जवन होवे लाचार उहे शिशु माई के दुलार पावेला 
ईहे सोच के मातु तहरा दुअरा प हम अइनी हो 
मातु, तहरा चरण में हम भेंट तुच्छ-सा लईंनी हो 

सोमवार, 7 सितंबर 2015

कहतो में लजिया लागे बतिया केहु के आगे - डॉ. मुकेश पाण्डेय

कहतो में लजिया लागे बतिया केहु के आगे 
कि हमरो सुते गोड़तारी ताड़ी पीके रे बलमुआ 

परल बानी पाला हम अईसन भतार के 
आवेला झूमत रोज़ लबनी मुंह मार के 
माने ना मनवले भईल बा जबसे शादी 
कि हमरो सुते गोड़तारी ताड़ी पीके रे बलमुआ 


सुते नाही संघवा धइके माथ सिरहनवा 
कहला प कहे माज़ा देला ओरचनवा 
बाटे हमरो फुटल करम मरद मतिभरम 
कि हमरो सुते गोड़तारी ताड़ी पीके रे बलमुआ 


सुनतानी मुकेश"माटी कईले ह पियाके 
आदत बिगड़ले बाड़े संघे-संघे घुमाके 
देखा देखि उनके चाल धईले हमरो लाल 
कि हमरो सुते गोड़तारी ताड़ी पीके रे बलमुआ 

वो हो क़ामयाब तो मुझको बधाई दे - डॉ. मुकेश पाण्डेय

या ख़ुदा निग़ाहों में ऐसी रसाई दे 
कि जिधर देखूँ तू ही तू दिखाई दे 
मेरे महबूब को अता कर ऐसा मुक़ाम 
कि वो हो क़ामयाब तो मुझको बधाई दे