सोमवार, 17 अगस्त 2015

शेरवाली माई अइनी रउरे दुआरी - डॉ. मुकेश पाण्डेय

शेरवाली माई अइनी रउरे दुआरी 
दर्शन के दान दे दीं  जान के भिखारी 

हारेलू  कलेश मईया भक्तन के क्षण में 
सबका के छोड़ अइनी रउरे शरण में 
जल्दी से आजा चढ़के शेर के सवारी 
दर्शन के दान दे दीं  जान के भिखारी 
Dr.Mukesh Pandey 

रउरा प्रवीण बुद्धि हीन हम भारी 
बानी अनबुझ बुझीं हाम्रो लाचारी 
मुर्ख बेटा के अधिका मानली मतारी 
दर्शन के दान दे दीं  जान के भिखारी 

सुर नियन लुर ना कबीर नियन बानी 
तुलसी नियन ये माई हम नईखीं ज्ञानी 
पाण्डेय मुकेश बाड़ें गँवार अनाड़ी 
दर्शन के दान दे दीं  जान के भिखारी 

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें