शुक्रवार, 12 फ़रवरी 2016

दरदिया होता ये देवरु -डॉ मुकेश पाण्डेय

दरदिया होता ये देवरु , दरदिया होता ये देवरु
पिए द  दूध आ हरदिया  बड़ा दरदिया होता ये देवरु

तोहार भैया बाड़े कसईया  खूब हिलवले पलंग हो
चुमी के ओठवा मार्ले चोटवा दरद होता एके अलंग हो
दरदिया होता ये देवरु , दरदिया होता ये देवरु
पिए द  दूध आ हरदिया  बड़ा दरदिया होता ये देवरु


टूटे बदनिया पूरा जवनिया भईल बानी लाचार हो 
कईनी ह जतन तेल नवरतन मलाल बानी कपार हो 
दरदिया होता ये देवरु , दरदिया होता ये देवरु
पिए द  दूध आ हरदिया  बड़ा दरदिया होता ये देवरु 


पाण्डेय मुकेश कईले कलेश मेहर के मरम  ना जानेले 
जागेला ताव त  करेले छाव देहि प हमरा फानेले 
दरदिया होता ये देवरु , दरदिया होता ये देवरु
पिए द  दूध आ हरदिया  बड़ा दरदिया होता ये देवरु 



रविवार, 17 जनवरी 2016

इश्क "गर्म चाय" है.. -

                                                                         इश्क "गर्म चाय" है..
                                                     और .. दिल "पारलेजी बिस्किट"
                                                         हद से .. ज्यादा डूबोगे .. तो टूटोगे ..
                                                                           २ 

                                                 वो तेरा chat मेने आज भी अपने मोबाइल में backup करके रखा है...
जिसमे तूने मजाक में कहा था "में तुझसे प्यार करती हूँ         
                
                                                                         ३ 

                                उम्र की राह में जज्बात बदल जाते है।
                                वक़्त की आंधी में हालात बदल जाते है
                               सोचता हूं काम कर-कर के रिकॉर्ड तोड़ दूं।
कमबख्त सैलरी देख के ख्यालात बदल जाते हैं

४ 
प्लम्बर कितना ही एक्सपर्ट क्यूँ न हो
पर....
वो आँखों से बहता..... पानी बंद नहीं कर सकता..।


दर्द का अपना मजा है बाम का अपना मजा - डॉ मुकेश पाण्डेय


सुबह का अपना मजा हैं शाम का अपना मजा,
जूस का अपना मजा हैं जाम का अपना मजा,
एक के साथ एक मुफ्त है आजकल हर आईटम,
मुफ्त का अपना मजा है दाम का अपना मजा,
आशिकी मे उसके भाईयों से कल मैं फिर पिटा
 दर्द का अपना मजा है बाम का अपना मजा

शनिवार, 26 दिसंबर 2015

ये बम भोला बाबा - गीत : डॉ मुकेश पाण्डेय

पंवुआ में फोड़ा परल कन्हवा पर छाला ये बम भोला बाबा 
अब नाहीं तनिको खडा भईल जाला ये बम भोला बाबा 


भूखल पियासल बानी थाकल बा देहियां 
कम नाही बाटे तबो जिया में सनेहिया 
दर्शन के प्यासी अंखिया लोर से लोराला ये बम भोला बाबा 

सच पर चलाईं हमके रउरे सहारा 
जिनगी से ज्यादे राउर भक्ति बा प्यारा 
भक्ति के लाज राखीं रउरे सहारा ये बम भोला बाबा 

रउरे से बाँचल बा धर्मी के धर्मा 
आईल बाड़ी रउरी  दुआरी पूनम वर्मा 
पाण्डेय मुकेश के खोली किस्मत के ताला ये बम भोला बाबा 


स्वर : पूनम वर्मा 
संगीत : तरुण तूफानी 
गीत : डॉ मुकेश पाण्डेय 


आव लगादी करुआ तेल - डॉ मुकेश पाण्डेय

ढेर पियब जो गांजा दिमाग होई फेल 
आव लगादी करुआ तेल 
ना त सईया ड्राईबर हो जाई झमेल 
आव लगादी करुआ तेल 


लागल बा जाम आजु हउवे सोमारी हो 
भीड़ काँवरियाँ के भईल बा भारी हो 
गाडी केहु में ठेकी त हो जाई जेल 
आव लगादी करुआ तेल 


हो गईल आगे सब पीछे के गाड़ी हो 
तू अभी चढ़ल ना सुइयों पहाड़ी हो 
भईल बाटे कवरियन के ठेलम ठेल 
आव लगादी करुआ तेल 

भंगिया कहाँ लुकवलु ना - डॉ मुकेश पाण्डेय

कहाँ लुकवलु ना तू भंगिया कहाँ लुकवलु ना 
गउरा साँचे बताव बतिया भंगिया कहाँ लुकवलु ना 

सब कुछ जस के तस बाटे ,बस गाएब बा भांग के बोरी हो 
का बाटे घर में जो बाहर के चोरवा आईल करे बोल चोरी हो 
कहाँ छिपवलु ना तू भंगिया कहाँ लुकवलु ना 
खोजत पागल भईल बा मतिया। भंगिया कहाँ लुकवलु ना 

हंसी से तहरा पाता चलत बा तहरे हा ई करधानी हो 
मिली ना भंगिया त ई अड़भंगिया छोड़ दिही अन्न पानी हो 
पागल बनवलु ना मतिया -2 
कुछु कल ना छूटी अदतिया , भंगिया कहाँ लुकवलु ना 


भंगिया ह हमरो जिए के सहारा एकरा बिना ना रह पाइब हो 
तहरा से अब नाही पिसे के कहब पाण्डेय मुकेश से पिसवाईब हो 
जिया जरवलु ना सावन में जिया जरवलु ना 
अईसन छोड़ तू कइल मजकिया।  भंगिया कहाँ लुकवलु ना 

सईयां जल्दी आव ना - डॉ मुकेश पाण्डेय

ठिठुरे सेजरिया मोरा कांपेला रजईया ,सैयां जल्दी आव ना 
डाहें जड़वा मुदईया ,सईयां जल्दी आव ना 

गर्मी बितवनी कटनी पूरा बरसात हो 
जाड़ा में बुझाता नाही कटी एको रात हो 
चले शीतलहरी एकर नईखे कुछ उपइया , सैयां जल्दी आव ना 


रात भर बिछौना ओढ़ना तनी ना दनाला 
एके करे किकुरल-किकुरल भोर होई जाला 
छछने शरीरिया रात भर लागे ना ओंघइया ,सैया जल्दी आव ना 

ठंढा में लगे जदी रहे ना जोगाड़ हो 
मुकेश सहाई नाहीं अक्सर  ई जाड़ हो 
रह हमरा जरी हमार ठंढा के दवइया ,सैयां जल्दी आव ना