सोमवार, 20 फ़रवरी 2017

कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन || भोजपुरी होली गीत : डॉ मुकेश पाण्डेय

बाड़ बहार पिया हमरा आवे ना नीन 
कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन 
चोलिया चुभता अइसे जइसे चुभे आलपीन 
कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन 

रंग बरसेला उड़ेला सगरो गुलाल 
अईब ना त के रंगी मेक-अप वाला गाल 
जनि दीह तू धोखा हमके होलिये के दिन 
कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन 

ईयाद पार तू घरे रहल पर साल 
मुंह हमरो तू कईले रहल लाले लाल 
आवत याद हमरा उहे वाला सिन 
कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन 

किन के लइह कढ़ाई वाली सड़िया 
होली स्पेशल ध लिह आजु गड़िया 
बहल हावा बसंती मन भईल रंगीन 
कईसे मनी ये राजा असो होली तोहरा बीन 



कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें