गुरुवार, 27 अगस्त 2015

माँ रउरे हईं रुद्रा भवानी - [भोजपुरी देवी गीत ] - डॉ.मुकेश पाण्डेय

रउरे हईं शक्ति-स्वरूपा ,माँ रउरे हईं रुद्रा भवानी 
दुर्गम रूप बा राउर ,एही से रउरा दुर्गा कहानी 

काली भद्रकाली महाकाली मुण्डमाली 
यम  नियम           सत्य संयम वाली 
रउरे से जीव जंतु प्राणी,माँ रउरे हईं रुद्रा भवानी 


ज्ञान विज्ञान ' ध्यान दिही  ये माई 
मान सम्मान स्वाभिमान के बढ़ाई 
हम बानी मूरख अज्ञानी ,माँ रउरे हईं रुद्रा भवानी 

पाण्डेय मुकेश' आ दिवेश' के क्लेश के 
दूर करीं कष्ट       एह भारत देश के 
करेला विधर्मी मनमानी ,माँ रउरे हईं रुद्रा भवानी 



कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें