कोयल बोले भा गौरैया अच्छा लागेला
अपना गावं में सब कुछ भैया अच्छा लागेला
तहरा आगे माई मौसी जईसन लागेले
तहरा गोद में गंगा मईया अच्छा लागेला
कउवा के आवाज़ भी चिट्ठी जईसन लागे
गाछ पर बईठल एक गवईया अच्छा लागेला
माया मोह बुढ़ापा में ढेर बढ़ जाला
लइकाई में एक रुपइया अच्छा लागेला
खुदे डांटस खुदे लगावस छाती से
प्यार में उनकर ई रवैया अच्छा लागेला
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें