हमार सैयां जी हमार राजा जी
जब से खइले ह भंगिया के गोले
त रात दिन बम बम बोले
चलस रहिया में उ त हौले-हौले
त रात दिन बम बम बोले
एक त भक्तन के भीड़ बाटे भारी
कईसे इनके अकेले सम्हारी
पंडा मन्दिर के गेट नाहीं खोले
त रात दिन बम बम बोले
छीन के इनका से रहनी ह धईले
जाने केकरा से मांगी के खइलें
गांजा पी -पी के भइलें बकलोले
त रात दिन बम बम बोले
पाण्डेय मुकेश"तू ही समझाव
कसहुँ मन्दिर में इनके पहुँचाव
हमार सैयां जी मस्ती में डोले
त रात दिन बम बम बोले
कोई टिप्पणी नहीं:
एक टिप्पणी भेजें